Tuesday, October 28, 2025
Your Dream Technologies
HomeDharmदिल्ली में छठ पूजा के जलवा: मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता आ मनोज तिवारी...

दिल्ली में छठ पूजा के जलवा: मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता आ मनोज तिवारी देलन सूर्य देवता के अर्घ्य

नई दिल्ली से रिपोर्ट: बिहारे ना, अब दिल्ली में भी छठ महापर्व के जलवा साफ देखे के मिलल। आज छठ के चउठ दिन यानी आखिरी अरघ के दिने यमुना किनारे श्रद्धालु जन सगर जस उमड़ परलन।
एही मौका पर दिल्ली के मुख्यमंत्री रेखा गुप्ताभाजपा सांसद मनोज तिवारी आपन परिवार संग छठी मैया के पूजा कइनीं आ सूर्य देवता के अर्घ्य देलन।

मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता हाथी घाट पर कहलिन —“दिल्ली सरकार कोशिश कइली कि दिल्ली में रहत लाखों पूर्वांचली भइया-बहिनी के छठ मनावे में कोनो दिक्कत ना होखे। आज लोगन के चेहरा पर खुशी आ संतोष देख के मन प्रसन्न हो गइल। अगिला साल हम ई पर्व के अउरी भव्य बनाइब।”

रेखा गुप्ता आगें कहलिन —“मोरो सौभाग्य रहल कि आजे छठी मैया के आराधना करे के मौका मिलल। हम ई प्रार्थना करितानी कि छठी मैया सबके उपर आपन आशीर्वाद बनवले रखसु, देश आ दिल्ली दुन्नो तरक्की करे।”

आप पार्टी के आरोप पर मुख्यमंत्री कहलिन —“छठी मैया के आशीर्वाद ऊ लोग केओ मिले, भगवान ऊ लोग के सद्बुद्धि देसु।”

मनोज तिवारी के अरघ आ आस्था

भाजपा सांसद मनोज तिवारी आपन लोकसभा इलाका सोनिया विहार में पहुंचलन आ आपन पत्नि संग सूर्य देवता के अर्घ्य देलन।
सोशल मीडिया पर ऊ लिखलन

ई पर्व हमनी के संस्कृति के गहराई, मातृशक्ति के तपस्या आ प्रकृति के प्रति आभार के प्रतीक बा। छठी मैया आ सूर्य देवता के कृपा सब पर बनल रहे।”

मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता भी आपन फोटो शेयर कइनीं आ कहलिन —“सूर्य देवता से मांगतानी कि हर घर में सुख-समृद्धि आ स्वास्थ्य के उजाला पसरे, हर दिल में विश्वास आ शांति के जोत जलत रहे।”


#ChhathPuja #DelhiChhath #RekhaGupta

- Advertisement -
Your Dream Technologies
VIKAS TRIPATHI
VIKAS TRIPATHIhttp://www.pardaphaas.com
VIKAS TRIPATHI भारत देश की सभी छोटी और बड़ी खबरों को सामने दिखाने के लिए "पर्दाफास न्यूज" चैनल को लेके आए हैं। जिसके लोगो के बीच में करप्शन को कम कर सके। हम देश में समान व्यवहार के साथ काम करेंगे। देश की प्रगति को बढ़ाएंगे।
RELATED ARTICLES
- Advertisment -

Most Popular

Recent Comments

Call Now Button