नई दिल्ली से रिपोर्ट: बिहारे ना, अब दिल्ली में भी छठ महापर्व के जलवा साफ देखे के मिलल। आज छठ के चउठ दिन यानी आखिरी अरघ के दिने यमुना किनारे श्रद्धालु जन सगर जस उमड़ परलन।
एही मौका पर दिल्ली के मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता आ भाजपा सांसद मनोज तिवारी आपन परिवार संग छठी मैया के पूजा कइनीं आ सूर्य देवता के अर्घ्य देलन।
मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता हाथी घाट पर कहलिन —“दिल्ली सरकार कोशिश कइली कि दिल्ली में रहत लाखों पूर्वांचली भइया-बहिनी के छठ मनावे में कोनो दिक्कत ना होखे। आज लोगन के चेहरा पर खुशी आ संतोष देख के मन प्रसन्न हो गइल। अगिला साल हम ई पर्व के अउरी भव्य बनाइब।”
रेखा गुप्ता आगें कहलिन —“मोरो सौभाग्य रहल कि आजे छठी मैया के आराधना करे के मौका मिलल। हम ई प्रार्थना करितानी कि छठी मैया सबके उपर आपन आशीर्वाद बनवले रखसु, देश आ दिल्ली दुन्नो तरक्की करे।”
आप पार्टी के आरोप पर मुख्यमंत्री कहलिन —“छठी मैया के आशीर्वाद ऊ लोग केओ मिले, भगवान ऊ लोग के सद्बुद्धि देसु।”
हाथी घाट पर छठ परवैतिनों के साथ भगवान सूर्यदेव को सुबह का अर्घ्य अर्पित किया।
सूर्यदेव से प्रार्थना है कि वे हर परिवार के जीवन में सुख, समृद्धि और स्वास्थ्य का प्रकाश भरें, हर घर में शांति और हर हृदय में विश्वास की किरण जगाएं।
छठी मइया की कृपा से दिल्ली का हर आंगन उजाले से भरता… pic.twitter.com/FDnB4HGhJn
— Rekha Gupta (@gupta_rekha) October 28, 2025
मनोज तिवारी के अरघ आ आस्था
भाजपा सांसद मनोज तिवारी आपन लोकसभा इलाका सोनिया विहार में पहुंचलन आ आपन पत्नि संग सूर्य देवता के अर्घ्य देलन।
सोशल मीडिया पर ऊ लिखलन
लोक आस्था के पावन महापर्व #छठ के चौथे एवं अंतिम दिन आज प्रातः अपनी लोकसभा क्षेत्र के सोनिया विहार यमुना तट पर, परिवार तथा क्षेत्रवासियों के साथ उदीयमान सूर्य देव को अर्घ्य अर्पित किया।
यह पावन पर्व हमारी संस्कृति की गहराई, मातृशक्ति की तपस्या और पर्यावरण के प्रति हमारी कृतज्ञता… pic.twitter.com/h3cmZbXsDn
— Manoj Tiwari (@ManojTiwariMP) October 28, 2025
“ई पर्व हमनी के संस्कृति के गहराई, मातृशक्ति के तपस्या आ प्रकृति के प्रति आभार के प्रतीक बा। छठी मैया आ सूर्य देवता के कृपा सब पर बनल रहे।”
मुख्यमंत्री रेखा गुप्ता भी आपन फोटो शेयर कइनीं आ कहलिन —“सूर्य देवता से मांगतानी कि हर घर में सुख-समृद्धि आ स्वास्थ्य के उजाला पसरे, हर दिल में विश्वास आ शांति के जोत जलत रहे।”
#ChhathPuja #DelhiChhath #RekhaGupta














